Close Menu
Subscribe :

Devotional Album

Devotional Bhojpuri 0:04:03 3+ Views

Maai Ke Chunari

Super Hit Devotional track Maai Ke Chunari sung by Ashish Kumar (Putul Bhardwaj).

Share this track

Song Lyrics / बोल

Official lyrics for Maai Ke Chunari sung by Putul Bhardwaj

M-माई के बाजताटे पायल रूनझुनिया हो
गोर रंग देला साय के नउनिया हो 2
हथवा कंगन अउरी मंगिया के टिका
लाई देले सोनार
मईया के लाली लाली चुनरिया 2
देहिया पर शोभे चटकार
कोरस - मईया के लाली लाली चुनरिया
देहिया पर शोभे चटकार
मईया के लाली लाली चुनरिया
M-हमार माई हई महामाई
सब रोगवा के हई दवाई
देव लोकवा से देवता भी आई
पूजा करेले सिरवा नवाई 2
धन भइल धरतिया बा मोहनी मूरतिया
शोर भइल गँउवा ज्वार
मईया के लाली लाली चुनरिया 2
देहिया पर शोभे चटकार
कोरस - मईया के लाली लाली चुनरिया
देहिया पर शोभेला चटकार
मईया के लाली लाली चुनरिया
M- फूल ओढ़उल लिअईली मलिनिया
भोग लगावेले बनाके कटवानिया
मांग भर देली भखारा सेनुर से
माई लागे लगली चुनमुनिया 2
धीरज धमाल आ पुतुल भरद्वाज के
जिनगी देली संवार
मईया के लाली लाली चुनरिया 2
देहिया पर शोभे चटकार
कोरस - मईया के लाली लाली चुनरिया
देहिया पर शोभेला चटकार
मईया के लाली लाली चुनरिया
लेखक :- धीरज कुमार
Lyrics copied to clipboard!
Bajrang Baan-Lofi
Pawan Brijwasi
0:00 0:03:40