Close Menu
Subscribe :

Devotional Album

Devotional Bhojpuri 0:03:45 6+ Views

Sanwar Diha Dulha

Super Hit Devotional track Sanwar Diha Dulha sung by Soni (Soni Sahani).

Share this track

Song Lyrics / बोल

Official lyrics for Sanwar Diha Dulha sung by Soni Sahani

F:-हम कुंवारे में भूखल सोमारी बानी 2
एगो रउरे से कहत लाचारी बानी 2
देवघर में लेके अइनी कांवर ऐ बाबा
सभे लोग गोर मांगे दूल्हा ....
हमके दिह सावर ऐ बाबा
कोरस:- गौरा के मिलनी जइसे रउरा
ओसही होखे पावर ऐ बाबा ...
F:-हम उनकर गौरा बनके रहब जीवन भर हो
रउऐ से माँगत बानी रउऐ जइसन वर हो
बेल पत्ता धतूर लेके आइल बानी
आरे कांवर में जलवा ले आइल बानी
कद भक्ति में जीवन निछावर ऐ बाबा
सभे लोग गोर मांगे दूल्हा ....
हमके दिह सावर ऐ बाबा
कोरस:- गौरा के मिलनी जइसे रउरा
ओसही होखे पावर ऐ बाबा ...
F:-मानीला जातना रउआ अपना हो सती के
ओकरा से बेसी मानब हम अपना पति के
पूरा क दिही सपना कुंवारी के हो
मांगे आइल बानी अरुण बिहारी के हो
संघे घुमब शिवाला पांच भावर ए बाबा
सभे लोग गोर मांगे दूल्हा....
हमके दिह सावर ऐ बाबा
कोरस:- गौरा के मिलनी जइसे रउरा 2
ओसही होखे पावर ऐ बाबा 2
लेखक :- अरुण कुमर राय
Lyrics copied to clipboard!
Bajrang Baan-Lofi
Pawan Brijwasi
0:00 0:03:40