Close Menu
Subscribe :

Devotional Album

Devotional Bhojpuri 0:06:25 11+ Views

Godi Mein Balak Leke

Super Hit Devotional track Godi Mein Balak Leke sung by Suganti Devi (Sudha).

Share this track

Song Lyrics / बोल

Official lyrics for Godi Mein Balak Leke sung by Sudha

F:-गोदी में बालक लेके रोवा तारी शिष्या
कवना चर्चवा में जाइ ऐ राम
कोरस:- गोदी में बालक लेके रोवा तारी शिष्या
कवना चर्चवा में जाइ ऐ राम
F:-जवना चर्चा के साहेब जी महानवा
ओहि चर्चवा में जाइ ऐ राम
कोरस:- जवना चर्चा के साहेब जी महानवा
F:-ओहि चर्चवा में जाइ ऐ राम
जवना चर्चा के नीलम जी महानवा
ओहि चर्चवा में जाइ ऐ राम
कोरस:- जवना चर्चा के नीलम जी महानवा
ओहि चर्चवा में जाइ ऐ राम
F:-शिष्या के भेट भइल चोर बदमसवा
देख के शिष्या डेरइली ऐ राम
कोरस:- शिष्या के भेट भइल चोर बदमसवा
देख के शिष्या डेरइली ऐ राम
F:-शिष्या के भेट भइल बगवा बघिनिया
देख के शिष्या डेरइली ऐ राम
कोरस:- शिष्या के भेट भइल बगवा बघिनिया
देख के शिष्या डेरइली ऐ राम
F:-शिष्या के डरला से शिव गुरु अइली
चोरा भइले गुरु भाई ऐ राम
कोरस:- शिष्या के डरला से शिव गुरु अइली
F:-चोरा भइले गुरु भाई ऐ राम
शिष्या के डरला से शिव गुरु अइली
बगवा भइले बाशा बैलवा ऐ राम
कोरस:- शिष्या के डरला से शिव गुरु अइली
बगवा भइले बाशा बैलवा ऐ राम
F:-शिष्या के डरला से शिव गुरु अइली
नागिन भइली हाथ के कगन ऐ राम
कोरस:- शिष्या के डरला से शिव गुरु अइली
नागिन भइली हाथ के कगन ऐ राम
F:-शिष्या के डरला से शिव गुरु अइली
नगवा भइले रूद्राक्छ मालवा ऐ राम
कोरस:-शिष्या के डरला से शिव गुरु अइली
नगवा भइले रूद्राक्छ मालवा ऐ राम
लेखक :- सुनील सिंह
Lyrics copied to clipboard!
Bajrang Baan-Lofi
Pawan Brijwasi
0:00 0:03:40