Close Menu
Subscribe :

Bhojpuri Album

Bhojpuri Bhojpuri 00:05:49 2+ Views

Maya Ke Mela Mein

Super Hit Bhojpuri track Maya Ke Mela Mein sung by Vinay Kumar Mishra.

Share this track

Song Lyrics / बोल

Official lyrics for Maya Ke Mela Mein sung by Vinay Kumar Mishra

मन के भुलाई लेहल 4
माया के मेला में 2
तन के रमाई लिहल
बिषईन के खेला में 2
हई ह हमार हउ अनकर तू बुझे ल 2
पाई पाई जोड़े खातिर दिन रात जूझे ल 2
कइल भजन नाही कबहुँ अकेला में 2
तन के रमाई लिहल बिषईन के खेला में 2
झूठ कपट छल चलल चालाकी 2
जोड़ला घटवला पर ना बचल बाकी 2
उमिर गवाई दिहल नाहक झमेला में
तन के रमाई लिहल बिषईन के खेला में 2
मुठी बाँधी अइल खाली जइब तू सुनील 2
संत वेद शास्त्र के बतिया मनवा में गुनील 2
ललन लागल मन अलख अलबेला में
तन के रमाई लिहल बिषईन के खेला में 2
मन के भुलाई लेहल माया के मेला में 2
तन के रमाई लिहल बिषईन के खेला में 2
लेख़क :- प्रवीण कुमार उपाध्याय
Lyrics copied to clipboard!
Bajrang Baan-Lofi
Pawan Brijwasi
0:00 0:03:40