Close Menu
Subscribe :

Devotional Album

Devotional Bhojpuri 0:05:42 18+ Views

Baratiya Chhathi Maai Ke

Super Hit Devotional track Baratiya Chhathi Maai Ke sung by Raju Kumar Sah (Amit Akela Raju), Pooja (Pratima Arya).

Share this track

Song Lyrics / बोल

Official lyrics for Baratiya Chhathi Maai Ke sung by Amit Akela Raju, Pratima Arya

M- रोजे रोजे उगेनी सुबेरही ऐ बाबा
आज काहे कईले बानी देर
ऐ दीनानाथ आज काहे कईले बानी देर
बदरी चीर के उगी ऐ सुरुजदेव
भईल जाता अरघ के बेर
F- रोजे रोजे उगेनी सबेरही ऐ बाबा
आज काहे कईले बानी देर
बदरी चीर के आई ऐ सुरुजदेव
भईल जाता अरघ के बेर
ऐ दीनानाथ आज काहे कईले बानी देर
F- भुखिया पियासिया से बानी ब्याकुल
हमारा से भइले अदित हो कवन भूल
M- भुखिया पियासिया से बाड़ी ब्याकुल
हमारा से भइले अदित हो कवन भूल
तिवई निहारेली रहिया अदित देव
डलले बानी काहे रउरा फेर
F- ऐ दीनानाथ आज काहे कईले बानी देर
रोजे रोजे उगेनी सबेरही ऐ बाबा
आज काहे कईले बानी देर
बदरी चीर के आई ऐ सुरुजदेव
भईल जाता अरघ के बेर
M- पुरुब के ओरी सब लगवले ध्यानवा
अमित अकेला थोर कईनी काहे मनवा
F- पुरुब के ओरीया लगइले सब ध्यानवा
अमित अकेला काहे कईनी थोर मनवा
M- दुखिया के दर्शन दिखाई ऐ दिवाकर
बरती के सुन ली बखेर ऐ दीनानाथ
बरती के सुन ली बखेर
F- रोजे रोजे उगेनी सबेरही ऐ बाबा
आज काहे कईले बानी देर
लेखक :- राजू कुमार साह
Lyrics copied to clipboard!
Bajrang Baan-Lofi
Pawan Brijwasi
0:00 0:03:40