Close Menu
Subscribe :

Bhojpuri Album

Bhojpuri Bhojpuri 00:07:26 5+ Views

Mahaliya Uthe Sohar

Super Hit Bhojpuri track Mahaliya Uthe Sohar sung by Bharat Sharma (Bharat Sharma Vyas).

Share this track

Song Lyrics / बोल

Official lyrics for Mahaliya Uthe Sohar sung by Bharat Sharma Vyas

M:-देखी सब दीना से जब केहू के लइका
जब केहू के बेटा होखत रहल हS सोहर गवाई
आज भी गवाला बाकी हमरा कहे के मतलब इ बा जे
लइका जब होइहसन तब सोहर ए से गवाई
बाधाव खेलवना झूमर ए से गवाई धूम धाम
लोग उत्सव मनाइये से लइका बाप माई के
बुढ़ापा के सहारा होई बाकी आज उ लइका कइसन होता
बाबू माई के सहारा बाबू माई के अलग कS देता
बाबू माई रोड पर भीख मांगे के पर उतारू हो जा तरे
ऐ से हमार कहनाब बा बेटा में लोग बधाव बजाइबे करेला
सोहर गवाइबे करे ला बेटी भइला में भी लोग सोहर गवाता
काँहे बेटा ले बेटी आज अच्छा बाड़ी बेटा से बेटी अच्छा बाड़ी आइसे
महतारी जवन बिया बाबू के तनकी भर कुछउ हो जाई
जर भुखार खासी हो जाई नइहर जदि होस्पेंड बाहर बा नइखे केहू तS
अकेले चल आई पैदल नइहर में बाबू माई के सेवा करे खातिर
ऐसे लईकी भइला में सोहर होखे के चाहीं
रहे चइत नमी के अजोर राम महलिया होखे सो राम महलिया होखे सोहर नु हो
ए ललना प्रकट कौशल्या के किशोर अयोध्या हाडा होड़ भइले हो
कोरस :-ए ललना प्रकट कौशल्या के किशोर अयोध्या हाडा होड़ भइले हो
M:- रहे चइत नमी के अजोर राम महलिया होखे सो राम महलिया होखे सोहर नु हो
ए ललना प्रकट कौशल्या के किशोर अयोध्या हाडा होड़ भइले हो
कोरस :- ए ललना प्रकट कौशल्या के किशोर अयोध्या हाडा होड़ भइले हो
M:- बाजे लागल थरिया पितरिया अटरी भितरिया अटरी या भितरिया नु हो
ए ललना होखे लागल रसगल गर सोहरिया राजा जी के दुवरिया नु हो
कोरस :-ए ललना होखे लागल रसगल गर सोहरिया राजा जी के दुवरिया नु हो
M:- फाड़ में बने ले ब्रह्मा लाल जगत प्रणपाल जगत प्रणपाल नु हो
ऐ ललना रोध नध ठाने ले तत्तकाल नगर खुशहाल नु हो
कोरस :-ऐ ललना रोध नध ठाने ले तत्तकाल नगर खुशहाल नु हो
M:- देखतारे पतरा उघारी ताबीर शिकारी बीत शिकारी नु हो
ऐ ललना लाल आईहे बीर व्रत धारी भरत आज्ञाकारी होइहे हो
कोरस :-ऐ ललना लाल आईहे बीर व्रत धारी भरत आज्ञाकारी होइहे हो
M:- ए ललना प्रकट कौशल्या के किशोर अयोध्या हाडा होड़ भइले हो
कोरस :-ए ललना प्रकट कौशल्या के किशोर अयोध्या हाडा होड़ भइले हो
लेखक :- शिवानंद मिश्रा
Lyrics copied to clipboard!
Bajrang Baan-Lofi
Pawan Brijwasi
0:00 0:03:40