Close Menu
Subscribe :

Bhojpuri Album

Bhojpuri Bhojpuri 00:08:19 9+ Views

Chhathi Maai Ke Kahani

Super Hit Bhojpuri track Chhathi Maai Ke Kahani sung by Guddu Rangeela (Guddu Rangila).

Share this track

Song Lyrics / बोल

Official lyrics for Chhathi Maai Ke Kahani sung by Guddu Rangila

M:-छठी माई के सुनाई कहानी
कोरस:- छठी माई के सुनाई कहानी
M:-कह सुनत आवे अखिया से पानी 2
छठी माई के सुनाई कहानी
कोरस:- छठी माई के सुनाई कहानी
प्रेम से बोलो जय छठी मईया 2
M:-ईगो बुढ़िया रहे जेकर ईगो रहे पतोह रे
ओकरे लगे रहे ना तनिको माया मोह रे
कोरस:- जय छठी मईया, जय छठी मईया 2
M:-कातिक चढ़ल धीरे धीरे छठ के दिनवा आइल रे
पतोहिया के चिंता रहे की दूध दही नाही बिकाइल रे
कोरस:- ॐ सूर्याय नमः, ॐ सूर्याय नमः
M:-बुढ़िया कहलस पतोहिया से दूध दही बेचल छोड़ द
छठी मईया आइल बाड़ी दोनों हाथ जोड़ ल
कोरस:- ॐ सूर्याय नमः, ॐ सूर्याय नमः
M:-पतोहिया कहलस बुढ़िया से दूध दही ना बेचल छोड़ब रे
रउरा हाथ जोड़ी हम काहे हाथ जोड़ी रे
कोरस:- प्रेम से बोली छठी मईया की जय
M:-ओहि दिन से बढ़े लागल ओकर परेशानी 2
छठी माई के सुनाई कहानी
कोरस:- छठी माई के सुनाई कहानी
प्रेम से बोलो जय छठी मईया 2
M:-छठ के दिने ना मानल पतोहिया दूध दही बेचे गइल रे
लइका होखे वाला रहे ओकरा रहिये में लइका भइल रे
कोरस:- जय छठी मईया, जय छठी मईया 2
M:-पैसा के चक्कर में पतोहिया रहिये में लइका के छोड़ के
दूध दही बेचे चल गइल लइका से मुहवा मोड़ के
कोरस:- ॐ सूर्याय नमः, ॐ सूर्याय नमः
M:-सोचलस गाय के दूध ना ली कोई काम कइलस रईस के
गाय के दूध बेचा दिहलस कही कही के भईस के
कोरस:- ॐ सूर्याय नमः, ॐ सूर्याय नमः
M:-ई लीला देख के छठ माई क्रोध कर लिहली
ओकरा लइका के प्रणवा छठी माई हर लिहली
कोरस:- प्रेम से बोली छठी मईया की जय
M:-महँगा परल पतोहिया के कइल नादानी 2
छठी माई के सुनाई कहानी
कोरस:- छठी माई के सुनाई कहानी
प्रेम से बोलो जय छठी मईया 2
M:-मरल लईका के देख के पतोहिया के एहसास भइल 2
झूठ बोल के दूध दही बेचनी ओकरा आभास भइल
कोरस:- जय छठी मईया, जय छठी मईया 2
M:-रोवते विलखते लईका के लेके बइठत माई के शरण में
मुवल लईका लेके गिर गइल छठी माई के चरण में
कोरस:- ॐ सूर्याय नमः, ॐ सूर्याय नमः
M:-बुढिया कहलस पतोहिया से नाती में हमारा खा गइली
बुढ़िया पतोहिया के रोवल देख छठी माई आ गइली
कोरस:- ॐ सूर्याय नमः, ॐ सूर्याय नमः
M:-झूठ बोली के दूध दही बेचली राज ई बता दिहली
पतोहिया के लईका के छठी माई जिया दिहली
नइखे कोई दयालु छठी माई खानी 2
छठी माई के सुनाई कहानी
कोरस:- छठी माई के सुनाई कहानी
लेखक :- सुनील सिंह
Lyrics copied to clipboard!
Bajrang Baan-Lofi
Pawan Brijwasi
0:00 0:03:40