Close Menu
Subscribe :

Bhojpuri Album

Bhojpuri Bhojpuri 00:04:00 2+ Views

Kavan Phulwa Maai Ke Bhavela

Super Hit Bhojpuri track Kavan Phulwa Maai Ke Bhavela sung by Soni (Soni Sahani).

Share this track

Song Lyrics / बोल

Official lyrics for Kavan Phulwa Maai Ke Bhavela sung by Soni Sahani

F: -कवन फुलवा फुले हो रामा आधी आधी रतिया हो
कवन फुलवा फुले हो रामा आधी आधी रतिया हो
अब कवन फुलवा फुले भिनसरवा माई मन भावेला हो
कोरस: - अब कवन फुलवा फुले भिनसरवा माई मन भावेला हो
F: -बेली चमेली फुले आधी आधी रतिया हो
त अब अड़हुल फुलवा फुले भिनसरवा माई मन भावेला हो
कोरस: -अब अड़हुल फुलवा फुले भिनसरवा माई मन भावेला हो
F: -कवना रे फूल से माई के रथवा सजाला हो कवना रे फूल से माई के रथवा सजाला हो
की अब कवन फूल से होखेला सिंगरवा माई मन भावेला हो
कोरस: -की अब कवन फूल से होखेला सिंगरवा माई मन भावेला हो
F: -गेंदा गुलाब से माई के रथवा सजाला हो
की अब अड़हुल फूल से होखेला सिंगरवा माई मन भावेला हो
कोरस: - की अब अड़हुल फूल से होखेला सिंगरवा माई मन भावेला हो
F: -कवन सेवकवा माई के करेली सिंगरवा हो कवन सेवकवा माई के करेली सिंगरवा हो
अब कवन सेवका लिखले पचरवा माई मन भावेला हो
कोरस: - अब कवन सेवका लिखले पचरवा माई मन भावेला हो
F: -सोनी सेवकिया माई के करेली सिंगरवा हो
अब अमित सेवका लिखले पचरवा माई मन भावेला हो
कोरस: - अब अड़हुल फूल से होखेला सिंगरवा माई मन भावेला हो
लेखक :- सुनील सिंह
Lyrics copied to clipboard!
Bajrang Baan-Lofi
Pawan Brijwasi
0:00 0:03:40