Close Menu
Subscribe :

Bhojpuri Album

Bhojpuri Bhojpuri 00:05:43 12+ Views

Kaha Gailu Chirai

Super Hit Bhojpuri track Kaha Gailu Chirai sung by Bharat Sharma (Bharat Sharma Vyas).

Share this track

Song Lyrics / बोल

Official lyrics for Kaha Gailu Chirai sung by Bharat Sharma Vyas

कहिओ के साच कहिओ के झूठ हो जाई
केतनो जोगइब एक दिन जूठ हो जाई
आज न फरल फुलाई बिया गछिया
ईगो उहो समय आई की ठूठ हो जाई
कहा गइलू चिरई खोतवा उजार के
पिया केहू बोल केहू खेदले बा मारी के
बड़ा रे जतनवा से पोसने या पलनी
तोहरा के दोनों बेरा दाना पानी डलनी
का भल लुकाइल चली गइलू बिसारी के
कहा गइलू चिरई खोतवा उजार के
कवने दिशा में ना पता भइलू उड़ के
हार गइल बानी हम तोहरा के घूर
कवने कारण चली गइलू विसारि के
कहा गइलू चिरई खोतवा उजार के
जाए के बेरी नाही इचिको मोहइलु
कवने कारण सबके छोड़ी के परईलू
कहे तू भरथ के चित से उतार के
कहा गइलू चिरई खोतवा उजार के
कहा गइलू चिरई खोतवा उजार के
पिया केहू बोल केहू खेदले बा मारी के
कहा गइलू चिरई खोतवा उजार के
लेखक :- शिवानंद मिश्रा
Lyrics copied to clipboard!
Bajrang Baan-Lofi
Pawan Brijwasi
0:00 0:03:40